07 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 07/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- तृतीया

सांझ के 06 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन-अतवार।

पुनर्वसु नक्षत्र

भाेर के 04 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद पुष्य नक्षत्र।

शुक्ल जोग

दिन के 08 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 08/12/2025

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन के 04 बजके 03 मिनट ले।

दिन- सोमार।

 पुष्य नक्षत्र

रात के 02 बजके 52 मिनट ले।

ब्रह्म जोग

दिन के 05 बजके 01 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मन में उत्साह आ उमंग बढ़ल रही। काम में तेजी आई। परिवार में सुख-शांति बनल रही। धन लाभ के संभावना बा।
उपाय: आज तुलसी के जल चढ़ाईं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन कुछ नया प्लान बन सकता। नौकरी आ बेयपार में अच्छा प्रगति मिली। खर्चा तनिका बढ़ सकत बा, ध्यान राखीं।
उपाय: गणेश जी के पूजा करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत में सावधानी रखीं, गलतफहमी बढ़ सकत बा। बाकिर प्रेम संबंध मजबूत होई। जतरा के जोग बा।
उपाय: हनुमान चालीसा के पाठ करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज धन लाभ के जोग बहुत मजबूत बा। घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। सेहत में सुधार लउकी।
उपाय: पानी में दूध मिलाके नहाईं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम में तेजी रही, बाकिर निर्णय सोच के लेवे के जरूरत बा। कवनो पुरान संघतिया से मिलल आनंद दीं।
उपाय: सूरज देवता के अरघ्य चढ़ाईं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा फल मिली। नौकरी में प्रमोशन भा सम्मान के संभावना बा। रिश्तेदार से फायदा हो सकेला।
उपाय: माता दुर्गा के धूप-दिया जराईं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज धन-बेयपार में लाभ के जोग बा। बियहल जिनगी में मिठास आई। सेहत बढ़िया रही।
उपाय: उजर कपड़ा जरूरतमंदन के दान करीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मानसिक तनाव तनिका बढ़ सकेला, बाकिर सांझ तक सब ठीक हो जाई। कामकाज में सुधार रही।
उपाय: जल में तनिका गुड़ मिलाके पीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम पूरा हो सकेला। पढ़ाई में सफलता मिली। नौकरी में सम्मान बढ़ी।
उपाय: पियर कपड़ा पहिनीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे में फायदा मिली। संतान पक्ष से सुभ समाचार मिली। धन लाभ के जोग बा।
उपाय: शिवलिंग पs जल चढ़ाईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज खरचा बढ़े वाला बा, बाकिर कमाई अच्छा होई। परिवार के समर्थन मिली।
उपाय: घर में कपूर जलाईं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज हर काम सफलता दी। प्रेम संबंध मजबूत होई। धन आ सुभ समाचार के जोग बा।
उपाय: भगवान विष्णु के मंत्र जप करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-